अब तैयारी में ना होखी कवनो कमी बिहार सरकार दे रहल बा फ्री स्टडी किट

बिहार सरकार के बड़ा तोहफा – अब हर बेरोजगार होनहार के मिली फ्री स्टडी किट

पटना/बिहार: बिहार सरकार के श्रम संसाधन विभाग के निर्देश पर निदेशालय नियोजन एवं प्रशिक्षण, बिहार, पटना अब राज्य के होनहार बेरोजगार नौजवानन के फ्री में “स्टडी किट” दे रहल बा। ई योजना के मकसद बा कि जे लोग प्रतियोगी परीक्षा के तैयारी करत बाड़न, ओह लोग के किताब-कॉपी खातिर फिकिर ना होखे।

का बा “स्टडी किट योजना”?
नियोजनालय में रजिस्टर कइले युवा जे UPSC, BPSC, SSC, रेलवे, बैंकिंग, NET, JRF, शिक्षक पात्रता जइसन बड़हन परीक्षा के तैयारी करत बाड़न, ओह लोग के फ्री स्टडी किट दीहल जाई। बस, परीक्षा से जुड़ल प्रमाण पत्र दिखावे के पड़ी।

कौन-कौन ले सकेला लाभ?
1. कम से कम 6 महीना से नियोजनालय में रजिस्टर भइल होखल जरूरी।
2. तय परीक्षा से जुड़ल कागजात देखावे के पड़ी।
3. आवेदक बिहार के रहवासी होखे के चाहीं।
4. उमिर परीक्षा के नियमानुसार होखे के चाहीं।
5. परिवार के सालाना आमदनी ₹3 लाख से कम होखे के चाहीं।
6. अतिरिक्त फायदा मिली:
दिव्यांग
ट्रांसजेंडर
अनुसूचित जाति / जनजाति
पिछड़ा / अतिपिछड़ा वर्ग
गरीब महिला के

युवाजन से बड़का निवेदन
अब बेरोजगारी के बहाना ना चली। अगर पढ़े के लगन बा आ आर्थिक तंगी से रुक गइल बानी, त सरकार खुद आगे आके तोहके मदद देत बा। अभी नियोजनालय जाके आवेदन दीं, आ फ्री में स्टडी किट ले  आईं।

Leave a Comment