सुप्रीम कोर्ट के नया फैसला: अब हर शनिचर खुली रही रजिस्ट्री, 14 जुलाई से लागु होई नियम

नई दिल्ली, 16 जून 2025 | विशेष संवाददाता
देश के सबसे बड़का अदालत, सुप्रीम कोर्ट, अब न्याय के काम में अउरी तेजी आ सहजता ले आवे के मकसद से एगो खास फैसला लिहले बा। अब से सुप्रीम कोर्ट के रजिस्ट्री हर शनिचर खुलल करी, चाहे महीना के कवनो शनिचर होखे। ई नया नियम 14 जुलाई 2025 से लागू हो जाई।

ए बारे में 16 जून 2025 के जारी अधिसूचना में कहल गइल बा कि संविधान के अनुच्छेद 145 के तहत आ राष्ट्रपति के मंजूरी से, सुप्रीम कोर्ट नियमावली 2013 के आदेश II के नियम 1, 2 आ 3 में बदलाव कइल गइल बा।

पहिले का नियम रहल?

अब ले सुप्रीम कोर्ट के रजिस्ट्री हर महीना के दुसरका आ चउठका शनिचर के बंद रहल करे। ई नियम अगस्त 2024 से लागू रहल। ओह दिन अर्जेंट केस दाखिल करे वाला लोगन के भारी दिक्कत होखत रहल।

अब का होई नया नियम?

रजिस्ट्री अब हर शनिचर के खुलल करी
समय: भोर 10 बजे से लेके दिने 1 बजे तक
अर्जेंट मामला के फाइलिंग 12 बजे दिन तक हो सकेला

अब सुप्रीम कोर्ट के 2025 के कैलेंडर में से ई लाइन हटा दिहल गइल बा:
Registry will remain closed on 2nd and 4th Saturdays of each month.”


ई फैसला से अब अधिवक्ता (वकील) लोग आ आम जनता के फायदा होई, जे अब शनिचर के भी न्यायिक काम निपटा सकी।

Leave a Comment