2 आ 4 दूधारू गाय/भैंस पर बिहार सरकार देता मोटा अनुदान

बिहार सरकार के शानदार योजना “समग्र गव्य विकास योजना 2025-26” के जोरदार आगाज़

गोपालगंज/ बिहार सरकार के पशु आ मछली संसाधन विभाग (गव्य विकास निदेशालय) ए साल 2025-26 खातिर एगो धमाकेदार योजना “समग्र गव्य विकास योजना” शुरू कइले बिया। ए योजना से गाँव-गिराँव के नौजवान आ किसान लोग के दूध के धंधा से जोड़ के आत्मनिर्भर बने के शानदार मौक़ा मिल रहल बा।

का खास बाटे ए योजना में?
👉 अत्यंत पिछड़ा, अनुसूचित जाति, अनुसूचित जनजाति लोग खातिर 75% तक अनुदान
👉 बाकी अन्य श्रेणी के लोग खातिर 50% अनुदान
👉 2 आ 4 दूधारू गाय/भैंस पर मिलत बा मोटा अनुदान — 2 मवेशी पर करीब ₹1.30 लाख से लेके ₹1.95 लाख, अउरी 4 मवेशी पर ₹2.92 लाख के अनुदान!
👉 बड़का डेयरी यूनिट — 15 से 20 दूधारू मवेशी के यूनिट पर 40% अनुदान मिलत बा, जे कृषि क्षेत्र के लोगन खातिर सुनहरा अवसर बा।

कैसे कराईं आवेदन?
🔸 ए योजना में आवेदन 25 जून से 25 जुलाई 2025 ले ऑनलाइन वेबसाइट dairy.bihar.gov.in पर होई।
🔸 आवेदन संगहीं जरूरी कागजात जमा करावे के होई — आधार कार्ड, जाति प्रमाण पत्र, बैंक पासबुक, फोटो, जमीन के कागज इत्यादि।

केकरा खातिर बा ई योजना?
गाँव-गाँव के नौजवान, बेरोजगार लोग, कृषक लोग जे दूध के धंधा में लागे चाहत बाटे, ओ लोग खातिर ए योजना एकदम सुनहरा मौका बा।

अउरी जानकारी कहाँ मिली?
अउरी विस्तार से जानकारी लेवे खातिर अपने जिला के गव्य विकास पदाधिकारी से मिल सकतानी या फिर टोल-फ्री नंबर 1800-345-6681 पर कॉल क सकतानी।

Leave a Comment